हम रांझा तू हीर हऊ

ऐ रानी बिन तोहरा रहल न जाला
कइसे कहीं कुछ त कहल न जाला
जब से मिलल बाटे तोहरा से अँखियाँ
दर्द-ए- जुदाई हमसे सहल न जाला
###
हम बानी रांझा रानी हीर हऊ तू
दिल मा जवन बाटे तस्वीर हऊ तू
तोहरे बिना ना जियब एक पल हम
किस्मत हऊ हमार तकदीर हऊ तू
###
तोहरे बिना अब रहि जात नइखे
दिलवा के हाल कहि जात नइखे
जल्दी से हमके तु सीने से लगावा
हमसे ई जुदाई सहि जात नइखे
###
अँखियाँ से अँखियाँ जब से मिलल बा
अजबे पियास होंठवन पे जगल बा
कुछ भी त नीक नाही लागत बा जब से
साँची पिरितिया रानी तोहसे लगल बा
###
तोहरा खातिर मनवा बेकरार बहुत बा
अइबू न फिर भी तोहर इन्तजार बहुत बा
तोहके नइखे हमपे एतबार थोडा , बाकी
हमरा के त रानी तोहसे प्यार बहुत बा

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *